झुठो के राम जी दिल तू बनवल हो
उपर से प्रीत के रोग धरवल हो
हँसत ज़िंदगी मे काहे अगिया
लगवल हो
झुठो के रामजी दिल तू बनवल हो
उपर से प्रीत के रोग धरवल हो
कबो नाही पुरा भईल प्यार के कहानी
केतना दीवाना मरले केतनी दीवानी
कबो नाही पुरा भईल प्यार के कहानी
केतना दीवाना मरले केतनी दीवानी
नेहिया के बंधन काहे जोड़ के तुरवल हो
हँसत ज़िंदगी मे काहे अगिया
लगवल हो
हँसत ज़िंदगी मे काहे अगिया
लगवल हो
झुठो के रामजी दिल तू बनवल हो
उपर से प्रीत के रोग धरवल हो